गांधी के आइल जमाना देवर जेलखाना अब गइले ।
जब से तपे सरकार बहादुर भारत मरे बिनु दाना ।
देवर जेलखाना .........
हाथ हथकड़िया बा गोड़वा में बेड़िया
देसवा भर होइल दिवाना
देवर जेलखाना .........
इज्जत राखि लेहु भारत भइया
चरखा चलवहु मस्ताना
देवर जेलखाना .........
कमला, सरोजिनी, विजय के लक्षमि
काम कइलीं मरदाना
देवर जेलखाना .........
जब से तपे सरकार बहादुर भारत मरे बिनु दाना ।
देवर जेलखाना .........
हाथ हथकड़िया बा गोड़वा में बेड़िया
देसवा भर होइल दिवाना
देवर जेलखाना .........
इज्जत राखि लेहु भारत भइया
चरखा चलवहु मस्ताना
देवर जेलखाना .........
कमला, सरोजिनी, विजय के लक्षमि
काम कइलीं मरदाना
देवर जेलखाना .........
भोजपुरी ग्राम गीत ।
No comments:
Post a Comment